Responsive Ad Slot

Latest

latest

"रउआ कइसन चऊकीदार हई "

Tuesday, 19 March 2019

/ by Yash Pradeep

का आपहु चौकीदार हई ?अरे उहे चौकीदार जवन रतिया भर जग के अपने गांउआ के रखवारी करेला हो ताकि कउनो बहरवा या गँऊआ के चोर केहू अमीर आदमी के घर नाही लूट ले, हाँ हो खाली अमीर अदमी के घर काहेकि गरीब टोलवा के तरफ ते चौकीदार जइबे नाइ करेला, ओके लागेला की ओहर गईल बेकार बा । अगर आपहु चौकीदार हई ते रउरो लगे   एगो पिपहिरी अऊर डंडा ते होबे करि। डंडवा गावँ के कुकुरन से बचे ख़ातिन अऊर पिपहिरिया चोरवन के  आप से बचे ख़ातिन। रउआ अइसन चौकीदार हई तब ते रउआ ठीक-ठाक चौकीदारी कर रहल बानी। रुकी-रुकी कही रउआ वइसन चौकीदार ते नाइ हई जवन अपने घर से पिपहिरी अऊर डंडा लेके रखवारी खातीर निकले ला ते लेकिन  एगो पऊआ मार के गावँ के  चबूतरा पे मस और कुत्तन से अपने रखवारी करवावेला और चोर बगलिये के घर मे डांका डाल के रउआ डंडा लेकर ही भाग जाले। अगर आप अइसन चौकीदार हई ते हम ते कहब की रउआ चौकीदारी छोड़ दी और खुद के चौकीदार बोलावल बंद कर दी।
           प्रधानमंत्री श्री नरेन्द्र मोदी द्वारा शुरू कइल गईल कैंपेन "मैं भी चौकीदार हूँ " में देश के ढेर  सारे BJP नेता और नरेंद्र मोदी के समर्थक खुद के चौकीदार कहत बाने। सोशल मीडिया में ई हैशटैग के साथे ट्रेंड करत रहल पर जइसे ही प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी ने ट्वीटर पर आपन नाम बदल के  "चौकीदार नरेंद्र मोदी " कइले यानी कि अपने नमवा से पहिले चौकीदार जोड़ने एगो नया ट्रेंड शुरू हो गइल । फिर का रहे एक बाद एक BJP नेता लोगन, कार्यकर्ता लोगन, और मोदी के चाहे वाला भी अपने नमवा के आगे चौकीदार जोड़ देहले।।
          अब हमार सवाल ऊ सब सोशल मीडिया चौकीदार लोगन से ई बा की का अपने सोशल अकॉउंटवा पे चौकीदार जोड़ देहले से ऊ सही में चौकीदार हो गईले?
का अब ऊ खुद चोरी नाही करिहें?
का उ दूसरे के भी चोरी करे नाइ दिहे?
का अब ऊ अपने घर , गावँ ,नगर, जिला,राज्य अउर देश के रखवारी ईमानदारी से करिहें??
Ashwani Vishwakrma
Don't Miss
2019© all rights reserved
The भैयाजी